वेस्टइंडीज के खिलाफ टीम मे जहीर.सहवाग नइखन
-

नयी दिल्ली 31 अक्टूबर (वार्ता) ढेर दिन से टीम इंडिया मे वापसी ला तिकवत अनुभवी गेदबाज जहीर खान आ विस्फोटक बल्लेबाज वीरेद्र सहवाग के फेरू निराश होखे के पड़ल बा काहे कि उनका के वेस्टइंडीज के खिलाफ छह नवंबर से शुरू होखे जात सचिन तेदुलकर के करियर के आखिरी दू गो टेस्ट वाला सीरीज से बाहर राखल गइल बा. कंधा मे चोट का चलते आलराउंडर रवींद्र जडेजो नइखन टीम में.

अप्रैल मे आस्ट्रेलिया के खिलाफ आखिरी टेस्ट का बाद शिखर धवन के टीम मे वापसी भइल बा. उनका के सुरेश रैना का जगहा टीम मे शामिल कइल गइल बा. जडेजा का जगहा रोहित शर्मा के राखल गइल बा. एह टेस्ट टीम मे रविचंद्रन अश्विन समेत तीन गो स्पिनरो के शामिल कइल गइल बा. तेज गेदबाजन मे उमेश यादव, मोहम्मद शमी, भुवनेश्वर कुमार, आ इशांत शर्मा के मौका मिलल बा.

टीम एह तरह से बा .. महेद्र सिंह धोनी.कप्तान, शिखर धवन, मुरली विजय, चेतेश्वर पुजारा, सचिन तेदुलकर, विराट कोहली, आर अश्विन, भुवनेश्वर कुमार, प्रज्ञान ओझा, अमित मिश्रा. अजिंक्या रहाणे, उमेश यादव, मोहम्मद शमी, रोहित शर्मा, अउर इशांत शर्मा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts