महामृत्युंजय जाप कराए गइल पंडितजी गंगा मे डूबले
-

वाराणसी 31 अक्टूबर (वार्ता) वाराणसी मे महामृत्युंजय जाप कराए गइल एगो पंडित जी के गंगा मे डूबला से मौत हो गइल जबकि उनका बाबूजी के गाँव वाले बचा लिहले.

पुलिस बतावत बिया कि आनन्द शंकर पाण्डेय अपना बेटा मनीष पाण्डेय संगे कैथी क्षेत्र मे महामृत्युंजय जाप कराए गइल रहले. बाप बेटा गंगा मे नहाए उतरले त गहीर पानी में चल गइले. ओह लोग के चिल्लाइल सुन गाँव वाले दउड़ले आ आनन्द शंकर के लिहले बाकिर मनीष डूब गइलन. मनीष के शव मिल गइल बा.

एगो दोसरा घटना में लोहता इलाका के कैदौली गांव मे पारिवारिक कलह से आजिज आनन्द प्रसाद सिंह सल्फास खाके जान दे दिहले.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts