महुआ के धारावाहिक ‘गंगा जमुना’ पर फिलिम बने

ganga-jamuna‘मुसद्दी लाल’ आ ‘खिचड़ी’ शो के बड़का परदा पर फिलिम बन के अइला का बाद अब महुआ टीवी के चर्चित धारावाहिक ‘गंगा जमुना’ के बड़का परदा पर ले आवे के विचार सामने आइल बा. विचार दिहले बाड़े एह शो के दर्शक आ सोच में पड़ल बाड़े एकर निर्माता महेश पांडे जिनकर कंपनी एह टेलीविजन धारावाहिक के बनवले रहुवे.

‘गंगा जमुना’ कवनो सास-बहू के कहानी ना हो के दू गो सखियन के कहानी बा. दुनु के जनम अलग अलग परिवार में भइल रहुवे बाकिर दुनु के जान एक दोसरे में बसत रहुवे. दुनु सहेली अलग अलग सुभाव के बाड़ी सँ, गंगा रामभक्त हई त जमुना भगवान कृष्ण का तरह चंचल.

महेश पांडे अबले तीन गो भोजपुरी फिलिम, ‘घर दुआर’, ‘हम बाल ब्रम्हचारी तू कन्या कुंआरी’ आ ‘गब्बर सिंह’ के निर्देशित कर चुकल बाड़ें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।