काम करे गुलाब जल के, नाम हवे गोबर सिंह

Rinku-Manoj-Kripashankar-GobarSinghबिहार का बाद अब यू.पी. ओ में ‘गोबर सिंह’ के डंका बाजल. जवना तरह से गोबर के पवित्र मानल जाला आ गोबर से लीप दिहला का बाद हर जगहा शुद्ध मान लिहल जाला ओही तरह के फिलिम हवे मेगा स्टार मनोज तिवारी अभिनीत ‘गोबर सिंह’. आजु के फिलिमन के फूहड़ता से फरदवला रहत एह फिलिम के कहानी अलगे चरित्र परोसत बा. एह फिलिम में मनोज तिवारी आ रिंकू घोष का साथही मुंबई कांग्रेस के अध्यक्ष रह चुकल कृपा शंकर सिंह आ हमारा महानगर समाचार पत्र समूह के निदेशक संतोष सिंहो अभिनय कइले बाड़न.

बिहार में धूम मचवला का बाद यूपी में रिलीज भइला पर एह फिलिम के शानदार ओपनिंग मिलल. आ जवना तेजी से सिनेमाघर हाउसफुल के बोर्ड लगावत गइली स उ मनोज तिवारि के क्रेज देखावता दर्शक का बीच. निर्देशक हउवें बॉबी सिंह.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts