महुआ टीवी पर नया सीरियल स से सरसती

अपना कलाकार खोज अभियान में चुनल कलाकारन के लेके भोजपुरी टीवी चैनल एगो नया सीरियल “स से सरसती” के शुरुआत छह जून से करे जा रहल बा जवना के प्रसारण सोमार से शुक ले रोजाना रात साढ़े आठ बजे से कइल जाई. एह सीरियल के कहानी यूपी के एगो काल्पनिक गाँव बबुआपुर के रहे वाली एगो औरत सरसती पर बा जेकर मरद ओकरा के छोड़ के मुंबई चलि जात बा आ एने ऊ औरत गरीबी, दुर्भाग्य, आ करजा का बोझ से लदा जात बिया. एह मुसीबत से निपटे खातिर आखिरकार ऊ एगो फैसला लेत बिया जवन औरत के ताकत आ ओकरा जीत के प्रतीक बा.

“स से सरसती” के टाइटिल भुमिका निबहले बाड़ी पटना के अमर ज्योति. बाकी प्रमुख कलाकारन में दीपू सिंह, बेबी काजल, अविनाश दुबे, दर्पण श्रीवास्तव शामिल बाड़े. ई सगरी कलाकार महुआ के कलाकार खोज अभियान में से चुनल गइल बाड़े. एह लोग का अलावे नीलिमा सिंह, रिदिमा तिवारी, आ अक्षिता अरोड़ा के भूमिको जबरदस्त बा.

एह धारावाहिक के निर्माण ओसियन मल्टी विजन कइले बा आ निर्देंशन हवे तलत जानी के. महुआ टीवी के प्रोग्रामिंग हेड कमलेश कुंती सिंह आ वरिष्ठ कार्यकारी निर्मात्री विनिता उपाध्याय के कहना बा कि धारावाहिक दर्शकन के बहुते पसन्द आई आ एकरा में ओह लोग के आपन कहानी झलकी.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।