भोजपुरी सिनेमा के अवार्ड समारोह
-

पिछला २ जून के होखे वाला भोजपुरी फिल्म इण्डस्ट्री के ट्रेड मैगजिन भोजपुरी सिटी के पहिलका सिने अवार्ड समारोह भारी बरखा का चलते ना हो पावल रहे. ४ जून के अवार्ड सलाहकार आ आयोन समिति के आपात बईठका बोला के एकरा के आगा का तारीख पर बोलावे पर विचार कइल गइल. बइठका का बाद समारोह के मुख्य आयोजक किशन खदरिया कहले कि समारोह के जवन नुकसान होखे वाला रहे से हो गइल बाकिर अवार्ड के माहौल बनवले राखल जरुरी रहे से एकरा के जल्दिये आयोजित करे के फैसला लिहल गइल.

भोजपुरी सिटी के पहिला सिने अवार्ड समारोह अब सोमार छह जून के मुंबई के रंग शारदा थियेटर में करावल जाई. कार्यक्रम के रुपरेखा वइसने रही जवन २ जून खातिर बनावल गइल रहे. एह समारोह में मनोज तिवारी, दिनेश लाल यादव निरहुआ, पाखी हेगडे, मोनालिसा, विनय आनन्द, गुंजन पंत, अक्षरा सिंह, पवन सिंह, संजय पाण्डेय समेत बहुते कलाकार आपन कला देखइहे. भोजपुरी सिनेमा के पचास साल के सफर के कहानी सामूहिक गीत आ नृत्य का साथ दरशावल जाई.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

1 Comment

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts