मिथिला टॉकिज के फिलिम ‘‘इज्जत’’ के शूटिंग पूरा भइल

भोजपुरी फिल्म निर्माण के अगिला कतार के कंपनी मिथिला टॉकिज के बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म ‘‘इज्जत’’ के शूटिंग पिछला दिने राजपीपला (गुजरात) के विभिन्न लोकेशनों पर पूरा कर लिहल गइल.

निर्माता मनोज चौधरी, निर्देशक बाली, छायांकनकर्ता जहाँगीर सैयद, नृत्यगुरू बाली अउर नरेन्द्र शर्मा, संपादक गोविन्द दूबे, एक्शनमास्टर इकबाल सुलेमान, आ कला निदेशक विजय दास हउवें.

जुबली स्टार दिनेशलाल यादव ‘‘निरहुआ’’ का संगे एह फिलिम में हॉट गर्ल मोनालिसा, प्रतिभा पाण्डे, मनोज टाईगर, ब्रजेश त्रिपाठी, मनीष चतुर्वेदी, गौरीशंकर, पुष्पा वर्मा, सुबोध सेठ, अभय राय, प्रिया सिंह आ दीपक भाटिया के खास भूमिका बा. सीमा सिंह पर खास आईटम गीत फिल्मावल गइल बा.

एह घरी एकर संपादन के काम मुम्बई मैं जोर शोर से चलत बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।