मिथिला टॉकिज के फिलिम ‘‘इज्जत’’ के शूटिंग पूरा भइल

भोजपुरी फिल्म निर्माण के अगिला कतार के कंपनी मिथिला टॉकिज के बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म ‘‘इज्जत’’ के शूटिंग पिछला दिने राजपीपला (गुजरात) के विभिन्न लोकेशनों पर पूरा कर लिहल गइल.

निर्माता मनोज चौधरी, निर्देशक बाली, छायांकनकर्ता जहाँगीर सैयद, नृत्यगुरू बाली अउर नरेन्द्र शर्मा, संपादक गोविन्द दूबे, एक्शनमास्टर इकबाल सुलेमान, आ कला निदेशक विजय दास हउवें.

जुबली स्टार दिनेशलाल यादव ‘‘निरहुआ’’ का संगे एह फिलिम में हॉट गर्ल मोनालिसा, प्रतिभा पाण्डे, मनोज टाईगर, ब्रजेश त्रिपाठी, मनीष चतुर्वेदी, गौरीशंकर, पुष्पा वर्मा, सुबोध सेठ, अभय राय, प्रिया सिंह आ दीपक भाटिया के खास भूमिका बा. सीमा सिंह पर खास आईटम गीत फिल्मावल गइल बा.

एह घरी एकर संपादन के काम मुम्बई मैं जोर शोर से चलत बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..