‘‘हंटरवाली’’ बनली पाखी हेगड़े
-

भोजपुरी सिनेमा के हॉट आ बिंदास अभिनेत्री पाखी हेगड़े निर्माता मुन्ना रिज़वी के रिगल थियेटर के बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म ‘हंटरवाली’ में माथ भूमिका निभावत बाड़ी.

फिल्म के निर्देशक क़मर फारुख़, लेखक लाल यादव, संगीतकार श्याम देहाती, गीतकार श्याम देहाती एवं प्यारे लाल यादव, कोरियोग्राफर एंथोनी, आर्ट नीलाभ तिवारी, संकलन सुनील प्रजापति आ कैमरा मैन मनीष व्यास हउवें.

एहमें पाखी हेगड़े के अलावा पंकज विष्णु, उत्तम कुमार, सिप्रा गांगुली, चंदन झा, डा. वजाहत करीम, के.के. गोस्वामी, बृजेश त्रिपाठी, सूर्या, माया यादव, सुमन झा, राकेश पुजारा, रोहित सिंह मटरू, मनोज टाइगर अउर अवधेश मिश्रा के मुख्य भूमिका बा.

एकर आधा शूटिंग मुंबई के लोकेशन पर भइल बा जबकी पन्द्रह दिन के शूटिंग आजुकाल्हु गुजरात के सिलवासा आ उमरगांव में होखत बा.

निर्माता मुन्ना रिज़वी एहसे पहिले रानी चटर्जी अभिनीत ‘काहे कइलऽ हमसे घात’ बनवले रहले जवन 100 दिन ले चलला का बाद अबहियों कई जगहा शान से चलत बा. एह फिल्म का बारे में बतावत मुन्ना रिजवी कहलें कि जइसे अमिताभ बच्चन शहंशाह बनके रात के अंन्हरिया में दूश्मनन के सफाया करत रहलें ओही तरह एह फिलिम में पाखी हेगड़े ‘हंटरवाली’ बनके अपना दुश्मनन के खातमा करत बाड़ी.


(समरजीत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts