मिर्जापुर में इनामी नक्सली गिरफ्तार

पूर्वाचल आ बिहार में आफत मचवले नक्सली एरिया कमांडर विनोद खरवार के काल्हु पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि. विनोद खरवार मुन्ना विश्वकर्मा के खासमखास बतावल जाला. विनोद खरवार पर बिहार आ यूपी में कुल मिला के सड़सठ हजार रुपिया के ईनाम राखल बा. चूना दरी इलाका में लुकाइल विनोद खरवार के गिरफ्तारी का बाद ओकरा लगे से दू गो है्ड ग्रेनेड, एगो बंदूक, एगो राइफल, आ दू दर्जन जिन्दा गोली बरामद कइल गइल. पुलिस से सामना भइला पर विनोद चुपचाप आत्म समर्पण कर दिहलसि.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..