इंगलैण्ड का साथ दुसरका टेस्ट आजु से
-

इंगलैण्ड गइल भारत के क्रिकेट टीम आजु नॉटिंघम में इंगलैण्ड के साथ दुसरका टेस्ट खेली. पहिलका टेस्ट में हार के पिछड़ चुकल भारत खातिर ई मैच चुनौती बा आपन पहिलका पोजीशन बनवले राखे खातिर. अगर एह में हार गइल त दुनिया के नंबर वन टीम होखे के रुतबा गँवा दी भारत. एहू मैच में जहीर खान ना खेल पइहन काहे कि उनुकर चोट सही नइखे भइल. हालांकि सचिन तेंदुलकर के अब फिट बतावल जा रहल बा आ ऊ एह टेस्ट में खेलीहे. दोसर बाति बा कि सचिन कबो देश खातिर ना खेलसु, हमेशा अपना खातिर खेलल करेले आ एह बाति ला उनुकर हमेशा आलोचना होला. शायदे होखेला जब सचिन के शतक देश के कामे आ पावेला. जब देश के जरुरत होला त सचिन फिस्स साबित हो जाले.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts