मिर्जापुर में विन्ध्याचल नवरात्र मेला में बड़हन सुरक्षा व्यवस्था

विन्ध्याचल (मिर्जापुर), 17 मार्च(वार्ता). विश्व प्रसिद्ध विन्ध्याचल नवरात्र मेला के अभेद सुरक्षा व्यवस्था अयोध्या , मथुरा, आ विश्वनाथ मंदिर का तर्ज पर कइल गइल बा. मेला में भगदड़ भा आग वगैरह से बचाव ला कड़ा व्यवस्था बनावल गइल बा. पहिला बेर मेला के निगहबानी ला ड्रोन कैमरा इस्तेमाल कइल जाई. खुफिया पुलिस आ आईबी के विशेष टीम एहिजा डेरा डाल लिहले बावे.

प्रसिद्ध विन्ध्याचल मेला के सुरक्षा व्यवस्था ला अर्द्ध सैनिक बल, ब्लैक कैट कमाण्डों समेत तीन हजार जवानन के तैनात कइल गइल बा. दर्शनार्थियों के त्रिस्तरीय चेकिंग से गुजर के जाए के होखी. गर्भ गृह में मां के प्रतिमा के चरण छूके दर्शन पूजन करे पर रोक लगा दीहल गइल बा. वीआईपीओ लोग के ई ना करे दीहल जाई. ओह लोग ला साँझ चार से छह बजे के समय तय कइल गइल बा.

तीर्थ पुरोहित पंडा नाईयन आ मंदिर परिसर के सफाई कर्मियन ला ड्रेस कोड तय कइल गइल बा. दर्शनार्थियन के सुविधा ला दू हजार से अधिका जगहन पर चेतावनी बोर्ड आ मार्गदर्शक बोर्ड लगावल गइल बा.

काल्हु से शुरु होखत नवरात्र मेला में एह साल 25 लाख लोग के आवे के अनुमान लगावल गइल बा. भगदड़ से निपटे ला 26 गो बैरियर लगावक गइल बा. कवनो हालत में एक जगहा बेसी भीड़ ना होखे दीहल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।