मोटरसाइकिल आ जीप के टक्कर में दू जने के मौत

(प्रतीक फोटो)


सिवान 17 मार्च (वार्ता). सिवान जिला के सराय आउट पोस्ट इलाका में मोटरसाइकिल आ जीप के आमने-सामने के टक्कर में दू जने के मौत हो गइल.

बतावल जात बा कि सिवान-वसंतपुर मुख्य मार्ग पर सराय आउट पोस्ट के पपौर गांव का लगे शुक के देर राति एगो मोटरसाइकिल के टक्कर सामने से आवत जीप से हो गइल. एह हादसा में मोटरसाइकिल सवार दू जने के मौत ओहिजे ठाँवे पर हो गइल.

हादसा का बाद जीप चालक वाहन समेत मौका से भाग निकलल. जानकारी मिलला का बाद पुलिस चहुंपल आ लाश बरामद क के पोस्टमार्टम ला भेज दिहलसि,

मरे वालन के पहचान जी बी नगर इलाका के गरीबगंज के रहे वाला जिसु यादव (20) आ निजामपुर के रहे नाला सिकंदर सिंह (45) के रूप में भइल बा. ॉ

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.