मीडिया के गलतबयानी पर नाराजगी जतवलसि केन्द्र सरकार

हालही में एगो जूनियर अर्थशास्त्री के निजी राय के मूडीज एनालिसिस के रपट बतावत एहिजा के देश विरोधी आ मोदी विरोधी मीडिया वाले पेश कइले रहलन. एह पर नाराजगी जतावल केन्द्र सरकार के सूचना अउर प्रसारण मंत्रालय वक्‍तव्‍य जारी कइले बिया.
अफसोस एह बात के बा एह तरह के आजादी के नाजायज करे वाला ईहे मीडिया देश में असहिष्णुता के माहौल बतावे जतावे में लागल बा जबकि अगर सचहूं वइसन बात रहीत त सरकार एह तरह के मीडिया के ओकर बेंवत देखा दिहले रहीत.
असल में बरीसन से भंड़ुआगिरी करत कमाई करे वाला एह चैनलन के पत्रकार आ एंकर आपन कमाई आ मौज मस्ती खतम हो गइला का चलते नाराज बाड़ें आ वजह बेवजह माहौल बिगाड़े के कोशिश करत बाड़ें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।