मुंबईओ में बाजल विनय आनंद के ‘त्रिनेत्र’ के डंका

बिहार में पचासवां दिन मनवला का बाद भोजपुरी फिलिमन के सुपर स्टार विनय आनन्द के फिल्म ‘त्रिनेत्र’ के डंका मुम्बईओ में बाज रहल बा. भारी बरखा का बावजूद एह फिल्म के देखे खातिर लोग के भारी भीड़ थियेटरन पर उमड़ रहल बा. जबकि एह फिल्म के मुम्बई में 22 गो से अधिका थियेटरन में एक साथ प्रदर्शित कइल गइल बा. ‘त्रिनेत्र’ के सफलता पर सभे विनय आनंद के बधाई दे रहल बा. एह फिल्म में विनय आनन्द के किरदार एगो बागी नवजवान के बा जे नारी प्रताड़ना अउर दहेज उत्पीड़न का खिलाफ आवाज़ बुलन्द करत बा.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

1 Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।