मुंबईओ में बाजल विनय आनंद के ‘त्रिनेत्र’ के डंका

बिहार में पचासवां दिन मनवला का बाद भोजपुरी फिलिमन के सुपर स्टार विनय आनन्द के फिल्म ‘त्रिनेत्र’ के डंका मुम्बईओ में बाज रहल बा. भारी बरखा का बावजूद एह फिल्म के देखे खातिर लोग के भारी भीड़ थियेटरन पर उमड़ रहल बा. जबकि एह फिल्म के मुम्बई में 22 गो से अधिका थियेटरन में एक साथ प्रदर्शित कइल गइल बा. ‘त्रिनेत्र’ के सफलता पर सभे विनय आनंद के बधाई दे रहल बा. एह फिल्म में विनय आनन्द के किरदार एगो बागी नवजवान के बा जे नारी प्रताड़ना अउर दहेज उत्पीड़न का खिलाफ आवाज़ बुलन्द करत बा.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

1 Comment

  1. BABLU MITAWA

    badhai ho

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..