रोमांटिक लव स्टोरी ‘‘राजा के रानी से प्यार हो गईल’’
-

टॉकी फ्रेमस के बैनर तले बनत रोमांटिक लव स्टोरी ‘‘राजा के रानी से प्यार हो गईल’’ के पोस्ट प्रोडक्शन के काम अब आखिरी दौर में बा. निर्माता स्वप्नदीप के एह फिल्म मे जूनियर निरहुआ प्रवेशलाल यादव, शुभी शर्मा, मेघा घोष, राज गौतम, मेहनाज, राजीव पाण्डेय, सोनिया मिश्रा, माधुरी मिश्रा, शंभु प्रसाद, चंद्रीका सोनी, गोविंद पाठक, जीतू यादव, प्रमोद गोस्वामी, अविनाश ठाकुर, आशुतोष तिवारी, हंसराज, भानू सिंह, शक्ति सागर, यशवंत सिंह आ संजय पाण्डेय के प्रमुख भूमिका बा. फिल्म के निर्देशक शैलेश आ स्वप्नदीप के कहना बा कि एह फिल्म में देखावल गइल बा कि सच्चा प्यार हमेशा जीतेला आ भगवानो सच्चा प्यार के साथ देले.

फिल्म के एक्शन मास्टर दिलीप यादव, डांस के. के. संजय, कला लाल जी, संपादक जितेन्द्र सिंह जीतू, छायांकन प्रमोद पाण्डेय, कथा-पटकथा अनिमेश बी. पर्वत, हरि प्रसाद सिंह, संवाद लेखक मुकेश त्रिवेदी हउवे. फिल्म के गीतकार प्यारेलाल यादव, श्याम देहाती आ विपिन बहार हवें. मधुरधुन बनवले बाड़े संगीतकार राजेश-रजनीश. जवना चलते गाना सब के बहुत तारीफ हो रहल बा.


(स्रोत : प्रशांत निशांत)

2 Comments

  1. AJIT LATHAR

    yaar film jaldi release karo. intzar nahin ho raha

    Reply
  2. Brajesh

    waiting for the release..best wisheS SD..

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts