मुंबई में सीमा सिंह के डबल धमाका

एह शुक का दिने सिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के जलवा मुंबई के सिनेमाघरांन में देखल बनी. एह हफ्ता उनकर दू गो फिलिम मुंबई में रिलीज होखे वाला बा. एगो फिलिम ‘बजरंग’ के निर्माता जे.पी. सिंह आ निर्देशक नंद किशोर महतो हउवें. मुख्य भूमिका पवन सिंह, अक्षरा सिंह आ संजय पांडे के बा. दुसरकी फिलिम हवे ‘गोला बारूद’ जवना खातिर सीमा सिंह पर भव्य पैमाने पर चिकनी चमेली से मिलत जुलत गाना मुंबई के चांदीवली स्टूडियो में एगो भव्य सेट लगाके करीब दू सौ डांसरन संग फिल्मावल गइल बा. एह गाना में सीमा सिंह के साथे बाड़ें मनोज टाईगर आ अवधेश मिश्रा बाड़ें. नृत्य निर्देशक रहलें पप्पू खन्ना.

बतावल जात बा कि एह गाना खातिर सीमा सिंह बहुते मेहनत कइले रही एतना कि उनकर पीठ छिला गइल रहे. पांच दिन ले चलल एह भोजपुरिया चिकनी चमेली खातिर ग्रीन चिली इंटरटेनमेंट करीब 30 गो लाइट, आ जिमी जिप कैमरा के इस्तेमाल कइलसि. सीमा सिहं ला बनावल खास मराठी डिजाइन के ड्रेस पर कई लाख रुपिया लागल रहुवे.


(स्रोत – शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..