मुखिया सरपंचन खातिर ई जरुरी नइखे कि ऊ ओहिजे के होखे

बिहार पंचायत चुनाव खातिर राज्य निर्वाचन आयोग निर्देश जारी कइले बिया कि मुखिया भा सरपंच का पद पर चुनाव लड़े खातिर ई जरुरी नइखे कि ऊ लोग ओह पंचायत में मतदाता होखे. ई सुविधा ओह लोग खातिर दिहल गइल बा जे लोग गाँव का बाहर रहत रहे आ अब गाँव के राजनीति सम्हारल चाहत बा. कूछ वइसनो लोग के सुविधा हो जाई जवना लोग के नाम ओह लोग के विरोधी मतदाता सूची से कटवा दिहले बाड़े.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..