मुठानी टीसन का लगे एगो औरत कटा गइल

पूर्व मध्य रेलवे के गया मुगलसराय रेल खंड पर भभुआ जिला के मुठानी टीसन का लगे आजु गया से मुगलसराय जाए वाली एगो मालगाड़ी से कटा के एगो औरत के मौत हो गइल. तीस साल के उ औरत लाइन पार करत रहुवे जब गाड़ी आ गइल. लाश एह तरह से छत विछत हो गइल बा कि औकर पहिचान कइल मुश्किल हो गइल बा. लाश के पोस्टमार्टम खातिर सासाराम भेज दिहल गइल बा.(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।