दामिनी बलात्कार काण्ड के चारी आरोपी दोषी करार
-

आजु सुनावल एगो फैसला में दिल्ली के एगो फास्ट ट्रैक अदालत पिछला साल दिल्ली में 15 ..16 दिसंबर के दरम्यानी रात मे चलत बस मे गैंग रेप करे वाला चारो आरोपियन, मुकेश सिंह. विनय शर्मा. अक्षय ठाकुर आ पवन गुप्ता, के हत्या, हत्या के प्रयास, सामूहिक बलात्कार, अपहरण आ सबूत मिटावे के दोषी करार दिहलसि.

मुकदमा सात महीना चलल. एह बीच एगो आरोपी फाँसी लगा के मर गइल आ एगो अउर आरोपी नाबालिग कोर्ट से तीन साल के सजा पवलसि. अब एह चार गो आरोपियन के सजा पर काल्हु से बहस होखी.

आरोपियन के वकील बचाव में दावा कइले बाड़न कि आरोपियन के पुलिस ओह लइकी के दोस्त के सीखा पढ़ा के फँसवले बिया.(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..