मुनाफ पटेल भारत के जितवा दिहलन

जोहांसबर्ग में भइल दुसरका एक दिना में भारत के टीम दक्षिण अफ्रीका के एगो जोरदार भिड़न्त में एक रन से हरा दिहलसि. पहिले खेलेवाला भारत के पूरा टीम १८९ रन बना के आउट हो गइल रहे आ लागत रहे कि दक्षिण अफ्रीका फेर इहो एकदिना जीत लिही. बाकिर मुनाफ पटेल के घातक गेंदबाजी २९ रन दे के चार गो विकेट ले लिहलसि. एहमें हासिम आमला आ ग्रीम स्मिथ के विकेटो शामिल रहल. जहीरो खान दू गो विकेट चटका के भारत के जीत पक्का करे में योगदान दिहलन. बाकिर मैच के परिणाम खातिर सभकर साँस टँगाइल रहे जब ले दक्षिण अफ्रीका के वायन पार्नल के कैच मुनाफ का गेंद पर युवराज सिंह ले के खेल खतम ना करा दिहलें. अब दुनु टीम एकएक गो एकदिना जीत चुकल बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।