प्रधानमंत्री से पूर्वांचल के मांग करे मिललें अमर सिहं
-

काल्हु शनिचर का दिने प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह से अमर सिंह भेंट कइलें आ उनका के एगो ज्ञापन दिहलें जवना में पूर्वांचल राज्य बनावे के जरुरत के विस्तार से ब्योरा दिहल गइल बा. अमर सिंह कहलें कि २८ गो सांसद आ १४७ गो विधायक देबे वाला पूर्वांचल आजु उपेक्षित जिनिगी जी रहल बा.गुलामी का जमाना में अंगरेह एहिजा के गरीबन के मजदूर बना के मारीशस वगैरह देश ले गइलें आ आजु एहिजा के लोग गरीबी आ तंगहाली से मजबूर हो के बंगाल, आसाम, महाराष्ट्र, गुजरात, पंजाब में मजदूर करत बाड़े, अमर सिंह बतवलें कि एहिजा राज्य के अस्सी फीसदी बिजली पैदा कइल जाले बाकिर एहिजा विकास के कवनो काम नइखे होखत.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts