भई गति साँप छूछून्दर के री, उगिलत आन्हर निगलत कोढ़ी
-

भाजपा नेता, बड़ पत्रकार, आ राजग सरकार में मंत्री रहल अरूण शौरी कहले बाड़े कि प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह आजु जब चौतरफा वार झेल रहल बाड़न त देश के नजर प्रणव मुखर्जी पर गड़ल बा जे आजु का हालात में सबले बढ़िया प्रधानमंत्री साबित होखीहें. अब एह बयान का बाद कांग्रेसियन के बुझात नइखे कि एह बाति के आलोचना करसु कि प्रशंसा. बाकिर भाजपो एह बयान से खलबला गइल बिया काहे कि अब ओकर नेता लोग अगिला सरकार बनावे के सपना देखल शुरु कर दिहले बा. भाजपा नेता राजनाथ सिंह कहले बाड़न कि अगिला चुनाव भाजपा भ्रष्टाचार आ गुण्डागर्दी के मुद्दा बना के लड़ी. शाहनवाज खान कहले बाड़न कि कांग्रेस के कवनो प्रधानमंत्री देश के समस्या के समाधान ना कर सकी.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts