मेनका में रिंकू घोष के ‘दुश्मनी’

भोजपुरी फिलिमन के नंबर वन अदाकारा रिंकू घोष के चहेतन के भीड़ उमड़ पड़ल उनुकर फिल्म ‘दुश्मनी’ देखे. उत्तर प्रदेश के गोरखपुर में मेनका थियेटर से सिनेमा देख के लवटत हर दर्शक रिंकू घोष के चरचा करत रहले. ‘दुश्मनी’ बिहार के सत्तर सिनेमाघरन में एक साथ प्रदर्शित भइल आ हर जगह भारी भीड़ उमड़ल. पटना के दू गो सिनेमाघर में एकरा के एक साथ प्रदर्शित कइल गइल. ‘दुश्मनी’ में रिंकू घोष के नायक बाड़े विराज भट्ट. पिछलको साल रिंकू घोष के फिल्म ‘आखिरी रास्ता’ सफलता के इतिहास रचले रहल.

‘दुश्मनी’ में निरहुआ आ विराज भट्ट एक दूसरा के दुश्मन का भूमिका में बाड़े जे एक दोसरा के खून के पियासल बाड़े. निर्देशन राजकुमार पांडेय के बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..