अब हैदर काज़मी ‘कालिया’ बन के अइहे
-

भोजपुरी फिल्मों के मिथुन चक्रवर्ती कहाये वाला चर्चित अभिनेता हैदर काजमी अब ‘कालिया’ बन के आवे वाला बाड़न. ‘रंगबाज’ जइसन सुपर डुपर हिट फिल्म देबे वाला हैदर काजमी अब निर्देशक शिवराम यादव के अगिला फिल्म ‘कालिया’ में मुख्य नायक के भूमिका करत बाड़े. ‘कालिया’ के कहानी खुद शिवराम यादव के लिखल ह. निर्माण एस.सी. डिजिटल प्रा. लि.करत बिया जे रगबाजो बनवले रहल.

बतावत चलीं कि एह भोजपुरिया मिथुन चक्रवर्ती हैदर काजमी के फिल्म ‘रंगबाज’ एह साल के सबले बड़ी हिट फिल्म साबित भइल बा. ‘रंगबाज’ के रंगबाजी देख कई गो फिलिमन के बिहार में प्रदर्शन टार दिहल गइल. ‘रंगबाज’ के प्रचारो पर दिल खोलके खरचा कइल गइल रहे.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts