अन्ना हजारे के समर्थन में उतरले भोजपुरी सितारा
-

अन्ना के समर्थन में सड़क पर उतरले मनोजो तिवारी

जन लोकपाल खातिर आंदोलन करत अन्‍ना हजारे का समर्थन में पटना में लोग सड़कों पर उतरल त ओहमें मनोजो तिवारी रहले. मनोज तिवारी रामदेवो बाबा के मंच पर मौजूद रहले. अब ऊ अन्नो का साथे बाड़ब. कहलन कि ऊ एह लोग के मुद्दा के मन से समर्थन करेले आ देश से भ्रष्ठाचार के जड़मूल से उखाड़ फेंके के समय आ गइल बा.

अन्ना हजारे के समर्थन में उतरले भोजपुरी सितारा

भ्रष्टाचार का खिलाफ अन्ना हजारे के आन्दोलन के समर्थनमें भोजपुरी सिनेमा के मनोज तिवारी, रिंकू घोष, गुंजन पंत, अनारा गुप्ता, विनय आनंद, संजय पाण्डे, प्रकाश जैश, दीपक दुबे, सीमा सिंह, सुशील सिंह, राजीव दिनकर, शुभम तिवारी, जय सिंह, शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा आ मुजीब अहमद खान वगैरह लोग जनता से समर्थन देबे के अपील कइले बा लोग.मनोज तिवारी त इहां के कहले कि, ‘‘आजु के सरकार अंग्रेजनो से दुगना दमनकारी बिया’’. भ्रष्टाचार के खिलाफ एह इस लड़ाई के महेश पाण्डे, जे.पी. सिंह, हैदर काजमी, इकबाल बख़्श, नागेश मिश्रा आ मुकेशो पाण्डे वगैरह समर्थन दिहले बाड़े.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts