मेहरारू के बिदाई ना भइला से दुखी मरद फाँसी लगा लिहलसि

गोरखपुर जिला के चौरी चौरा इलाका में आजु एगो नवही अपना मेहरारू के बिदा ना अइला से फाँसी लगा के जान दे दिहलसि. गोला थाना के निवासी अठाइस साल के जयहिंद अपना मेहरारू के बिदा करावे अपना ससुरारी भरवलिया गांव गइल रहे. बाकिर कुछ बतकही का बाद ससुराल वाले विदा करे से इन्कार कर दिहलें. एही से दुखी जयहिंद आपन कोठरी बन्न क के छत के कुन्डी में फंदा लगाके फांसी पर झूल गइल.

ओकर लाश पोस्टमार्टम ला भेजा गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।