देश मे नेता के नइखे नीति के जरूरत बा कहलन वशिष्ठ नारायण सिंह
-

बिहार मे सत्तारूढ़ जदयू. के प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह आजु बेतिया में जदयू के जिला कार्यकर्ता सम्मेलन के संबोधित करत कहलन कि आजु देश के नेता ना नीति के विकल्प के जरूरत बा. कहलन कि देश मे बेरोजगारी, भ्रष्टाचार आ महंगाई चरम पर बा आ केन्द्र सरकार एकरा के दूर करे में फेल हो गइल बिया, खाद्य सुरक्षा कानून ले आ के त बढ़िया कइलसि केन्द्र सरकार बाकिर खाली दू जून भोजने से काम नइखे चले वाला. गरीब के जीवन स्तर में सुधार ले आवे के जरूरत बा.

वसिष्ठ नारायण सिंह कहलन कि जबसे भाजपा आ जदयू के गठबन्हन टूटल बा तबसे राज्य में होखत घटना आ भाजपा के बयान पर गौर करीं त साफ हो जाई कि राज्य मे शांति व्यवस्था बिगाड़े के कोशिश होखत बा.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts