मेहरारू चाही मिल्की व्हाईट में सीमा सिंह के डांस ब्लास्ट

डांसिंग क्वीन सीमा सिंह का बारे में कहल जाला कि भोजपुरी फिलिम बिना रील के त बन सकेला बाकिर सीमा सिंह के आयटम बिना ना. ओही डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के जलवा अब भोजपुरी फिल्म ‘मेहरारू चाही मिल्की व्हाईट’ में देखे के मिली. निर्देशक मिथिलेश झा के एह फिल्म में सीमा सिंह डांस ना ‘डांस ब्लास्ट’ कइले बाड़ी.

हालही में फिल्म ‘जंग’ खातिर सीमा सिंह के डांस वाल ड्रेसे सात लाख रुपिया के रहल. आ जेही ओह आयटम नंबर में सीमा सिंह के डांस के शूटिंग देखल सबही के ज़ोर के झटका लागल.

‘मेहरारू चाही मिल्की व्हाईट’ फिलिमो के आयटम नंबर खातिर तेज लाईट, हाई वोल्टेज म्यूजिक अउर साथ में एह बिजुरिया सीमा सिंह के नान स्टॉप डांस सभकर गोड़ थिरका दिहले रहुवे.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..