मध्य प्रदेश अउर छत्तीसोगढ़ में विनय आनंद
-

भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार विनय आनन्द के दबंग अंदाज़ फिल्म ‘दबंग दामाद’ में नजर आवे वाला बा जवना के शूटिंग आजुकाल्ह मध्य प्रदेश के राजधानी भोपाल में चलत बा, विनय आनंद के एगो दोसरो फिल्म ‘एलान-ए-जंग’ के शूटिंग छत्तीसगढ़ में भइल रहुवे. विनय आनंद के कहना बा कि भोजपुरी सिनेमा के एगो बड़ बाजार मध्य प्रदेश आ छत्तीसोगढ़ में बन सकेला.

रवि सिन्हा निर्देशित फिल्म ‘एलान-ए-जंग’ में विनय आनन्द अतना जबरदस्त एक्शन कइले बाड़न कि ‘घायल’ अउर ‘घातक’ के सनी देओल के याद ताजा हो जाई. ‘एलान-ए-जंग’ ला जब लगभग 200 फाइटरन का बीच विनय आनंद पर एक्शन फिल्मावल गइल रहे त उनुकर एक्शन देख पूरा टीम दंग रह गइल रहे.

‘एलान-ए-जंग’ का अलावा विनय आनंद भोजपुरी अउर छत्तीसगढ़ी भाषा में बनत ‘हमरा नामे जिला हिलेला’ फिलिमो में जबरदस्त एक्शन कइले बाड़े. एह फिल्म खातिर विनय आनन्द खास तौर पर छत्तीसगढ़ी भाषा सिखले. कॉमेडी अउर रोमांस में माहिर विनय आनंद एक्शन के बाकायदा ट्रेनिंग लिहले बाड़े. कहल जाला कि मार्शल आर्ट्स, घुड़सवारी आ तलवारीबाजी में उनुकर कवनो सानी नइखे.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

विनय आनन्द

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts