मोजरबियर उतरल भोजपुरी फिल्म निर्माण में

मनोरंजन उद्योग के अगुआ कंपनी मोजरबियर इंटरटेनमेंट प्रा॰लि॰ अब भोजपुरी फिल्म निर्माण करे उतरल बिया. कंपनी के पहिला भोजपुरी फिल्म ‘‘हमार लभ स्टोरी’’ बन के तइयार हो चुकल बा. पिछला दिने एकर फर्स्ट लुक केन्द्रीय मंत्री कमलनाथ जारी कइले. स्टाईल इंटरटेनमेंट आ गुडन्युज क्रिएशन्स का बैनर में ‘हमार लभ स्टोरी’ के निर्माण दक्खिन भारत के निर्माता के॰ अभिनव रेड्डी आ सारा शर्मा कइले बा लोग. लेखक-निर्देशक हउवन जगदीश सी पाण्डेय आ फिल्म के सितारन में विक्रांत सिंह, सुरभि, नवोदित सितारा विक्रांत आनंद, एहसान कुरेशी, अली खान, डेजी ईरानी, देव मल्होत्रा, बीरबल वगैरह शामिल बाड़े.

फिल्म के गीतकार राजेश मिश्रा आ संगीतकार राजेश गुप्ता हउवें.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..