रियलिटी शो ले के आवत बाड़न प्रियेश सिन्हा
-

महुआ टीवी पर लगातार तीन बेर से हिट शो “भौजी नम्बर वन” में बतौर एंकर प्रियेश सिन्हा निकहा लोकप्रियता बटोरला का बाद अब महुआ टीवी पर एगो नया रियलिटी शो “शुभ गृह लक्ष्मी”. ले आवत बाड़न. एकर प्रसारण एही महीना से सोमार से शुक ले रात 9 बजे से कइल जाई.

“भौजी नंबर वन” के लहुरा देवर प्रियेश सिन्हा कहेले कि दर्शकन के प्यार आ आशीर्वादे बा जे उनुका के हमेशा कुछ नीमन करे खातिर उकसावत रहेला आ एही चलते फेर एगो नया रियलिटी शो ले के आवत बाड़. उमेद जतवले कि दर्शक एहू शो के पसन्द करीहें आ हमेशा का तरह उनुका के आपन नेह छोह देत रहीहें.

एह बीच इहो बतावल जरूरी बा कि प्रियेश सिन्हा के बतौर हीरो दू गो भोजपुरी फिलिम “मेहरारू चाही मिल्की व्हाईट” आ “प्यार भईल परदेशी से” जल्दिये प्रदर्शित होखे वाली बाड़ी सँ.


(अपना न्यूज के रपट से)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..