मोतिहारी में एगो नवही के लाश मिलल

(प्रतीक फोटो)


मोतिहारी 04 अप्रैल (वार्ता). पूर्वी चंपारण जिला के मोतिहारी नगर इलाका के आर्यनगर जानपुर मुहल्ला से पुलिस आजु एगो नवही के लाथ बरामद कइलसि.
पुलिस सूत्र बतावत बाड़ें कि आर्यनगर जानपुर मुहल्ला को बँसवारी में एगो पेड़ पर एह नवही के लाश लटकल रहुवे. ऊ एही मुहल्ला के रहे वाला 22 बरीस के अफरोज रहल. लाश देखला से बुझात रहे कि ओकरा के कतहीं अउर जगहा मार के एहिजा ले आ के लटका दीहल गइल बा.
पुलिस मामिला के छानबीन करत बिया. लाश पोस्टमार्टम ला भेज दिहल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।