साठी में गांजा तस्कर गिरफ्तार
-


बेतिया 4 अप्रैल (वार्ता). पश्चिम चम्पारण जिला के साठी इलाका से पुलिस मंगल का राति में एगो गांजा तस्कर के गिरफ्तार कइलसि.
पुलिस सूत्र बतवलें कि नियमित जांच करत में मंगल के राति एगो नवही मोटरसाइकिल सवार पर संदेह भइल त ओकरा के रोक के तलाशी लीहल गइल. ओकरा मोटरसाइकिल में करीब पौने दू किलो गाँजा लुका के राखल रहुवे.
एकरा बाद ओह मोटरसाइकिल सवार सिंहपुर निवासी मुखदेव पटेल के गिरफ्तार क के ओकरा के जेल भेत दीहल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..