मोतिहारी में बलात्कार का बाद नाराज लोग के बवाल

कुछ दिन पहिले अन्हार में दिशा मैदान करे गइल 21 बरीस के एगो लड़िकी के गाँवे के दू गो बदमाश ध लीहले सँ आ ओकरा संगे मीसामासी कइले सँ. एगो मीसे त दोसरका मोबाइल से वीडियो बनावे. अगिला दिने लड़िकी थाना में शिकायत क दिहलसि त बुध का रात बदमाशन के परिवार के चार जने मिल के ओकर रेप क दीहलें. निर्दयता अइसन कि बतावल मुश्किल. ओकरा भीतर पिस्टल के नाल आ डंडा ले घुसवले सँ आ ओकरा के लंगटे हाल में रामगढ़वा थाना इलाका में फेंकल पावल गइल अगिला दिने.
लड़िकी के हालत खराब बा आ मोतिहारी सदर अस्पताल में ओकर इलाज चलत बा. बलात्कारी फरार हो गइल बाड़े सँ.
अइसने एगो अउर घटना में पिपरा थाना इलाका में 10 बरीस के नाबालिग संगे दू गो बदमाश रेप कइले सँ. लड़िकी के हालत खराब भइला प पटना अस्पताल भेजल गइल जहाँ ओकर आपरेशन करे के पड़ल बा. एकरो हालत खराब बा बाकिर दुनू कुकर्मी धरा गइल बाड़न सँ.
एह घटना प नाराजगी देखावत लोग आजु बवाल कइल आ लड़िकी के गरीब परिवार ला सहायता के माँग कइल जेहसे ओकर इलाज करवा सके गरीब परिवार.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..