माया महाठगिनी हम जानी
-

SwamiMaurya-BalramYadavबसपा सुप्रीमो मायावती के “दौलत के बेटी” कहत युपी में विपक्ष के नेता स्वामी प्रसाद मौर्या आजु बसपा से इस्तीफा दे दिहलन. कहलन कि मायावती बसपा के नोट छापे वाला मशीन बना लिहले बाड़ी आ रुपिया ले ले के अगिला चुनाव के टिकट बेचत बाड़ी.

ओने मुस्लिम वोट बैंक सम्हारे का मोह में सपा यूपी के एगो बड़का बाहुबली का सोझा माथा टेक दिहले बिया. अलग बात बा कि गुड़ खाए गुलगुला से परहेज करे वाला अन्दाज में मुख्तार अंसारी के सपा में नइखे घुसे दिहले बाकिर पूरा कौमी एकता दल के सपा में घुसा लेबे में ओकरा कवनो दिक्कत ना भइल. अचरज त तब भइल जब एह घुसावे अँटावे में सबले सक्रिय रहल बलराम यादव के मंत्रीमंडल से निकाल फेंकले मुख्यमंत्री अखिलेश यादव. अब एह बेइज्जति से बलराम यादव के परिवार आ लगुआ भगुआ लोग के नाराजगी खतम करे खातिर हो सकेला कि बलराम यादव के बेटा संग्राम यादव के मंत्री बना दीहल जाव.

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..