मौर्यो टीवी पर देखावल जाई भोजपुरी फिलिम

बिहार झारखण्ड के लोकप्रिय न्यूज चैनल “मौर्य टीवी” पर अब फिलिमो देखावल जाई. एह खातिर ऊ तकरीबन दू सौ फिल्मन के प्रसारण अधिकार खरीद चुकल बा. एहमें चर्चित निर्देशक प्रकाशो झा के फिलिम बाड़ी सँ. ई जानकारी चैनल के निदेशक मनीष झा पत्रकारन के देत कहलें कि ८ मई से प्रसारित होखे वाला “मूवी आफ द मन्थ” कार्यक्रम में एह फिल्मन के प्रसारण होखल करी. सबले खास ई रही कि ओह फिल्म निर्माण से जुड़ल अभिनेता आ तकनीशियनन से फिल्म के मेकिंग का दौरान भइल खास कवनो घटना का बारे में जानकारी लिहल जाई.

पहिला चरण में भोजपुरी फिल्म “हम ही बानी मुखिया”, “गजब भयो रामा”, “रखीह लाज अंचरवा के” वगैरह आ हिन्दी के जंगली, अब्दुल्लाह, गंगा जमुना, ऐतवार, काला धंधा गोरे लोग, किस्मत, साजन, हिप हिप हुर्रे, परिणति, बंदिश, मृत्युदण्ड वगैरह शामिल बाड़ी सँ.


(स्रोत – रंजन सिन्हा, जनसंपर्क अधिकारी, मौर्या टीवी)

1 Comment

  1. manoj singh

    maurya,t.v. ka prsaran up me kb hoga?

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..