मढ़ौरा में होली के लोक गीत परोसल आकाशवाणी के टीम

छपरा के मढ़ौरा में होखत भारत निर्माण जनसूचना अभियान के तीन दिना कार्यक्रम में शुक का साँझे भइल सांस्कृतिक कार्यक्रम में आकाशवाणी पटना के टीम आपन शानदार कार्यक्रम परोसलसि. एहमें फगुआ गीत का साथही पूरबी, झूमर आ मैथिलिओ गीत पेश कइल गइल. मंच से अपना सोझा चौपाल देख सुन के श्रोता गदगद हो गइलें. एह में गायक गायिकन में स्नेहा वर्मा, रंजना झा, सरोज कुमारी आ मनोरंजन झा वगैरह शामिल रहलें. भोजपुरी का आँगन में बटुक भाई के मैथिली अलगे आनन्द देत रहुवे. साथे सुगिया बहिन आ आनंद भाईओ रहलें एह चौपाल में.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।