कल्लू के गीतन से गूंजल देवरिया के होली मिलन समारोह

देवरिया के नवलपुर चौराहा क लगे आयोजित एगो होली मिलन समारोह में भोजपुरी गायक अरविंद अकेला कल्लू आ निशा सांस्कृतिक कार्यक्रम परोसल लोग. अउरी गायकन में प्रमोद परदेसिया, गुड्डू आजाद, मुरली सिंह अकेला रहलें.

बिहार के बक्सर का सहजौली में चुम्मन दुबे के दोसरका बेटा का रुप में जनमल कल्लू नौ साल का उमिरे से भोजपुरी गायकी में धमाल कइल शुरू कर दिहले रहुवे. हालांकि ओकरा गाना में दुअर्थी बोल बहुते रहला का चलते ओकर आलोचनो खूब भइल. ओकर पहिलका कैसेट रहल “गवना कहिया ले जइब” जवन साल २००७ में निकलल रहे.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..