याचना नहीं अब रण होगा संग्राम महाभीषण होगा

काल्हु बलिया में हनुमत जागरण कार्यक्रम का दौरान महायज्ञ आ हिन्दू सम्मेलन के आयोजन भइल. रामलीला मैदान में बड़हन भीड़ के संबोधित करत गोरखपुर के गोरक्षपीठ के उत्तराधिकारी आ सांसद योगी आदित्य नाथ कहलें कि अयोध्या भगवान रामे का नाम से जानल जाले. मुसलमान लोग के चाहीं कि आपन जिद छोड़ के ओहिजा राम मंदिर बने देस. कहलन कि लाल किला भा ताजमहल नइखीं माँगत सँ, रामजन्म भूमि माँगल जा रहल बा. एहसे पहिले सिकन्दरपुर में सभा करत योगी के कहना रहे कि अब राममन्दिर खातिर याचना ना होखी संघर्ष होखी. कहलन कि देश के बाँटला का बाद अब रामजन्म भूमि के बाँटे के बात हो रहल बा जवना के लोग कबहियों ना सकारी.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..