३१ दिसम्बर ले अपना संपति के ब्योरा दाखिल करसु मंत्री लोग
-

बिहार के मुख्य मंत्री नीतीश कुमार अपना सगरी मंत्रियन के चिट्ठी भेज के कहले बाड़न कि ३१ दिसम्बर तक सभे अपना संपति के ब्योरा उनका लगे भेज देव. ओकरा बाद हर साल एहब्योरा के भेजे के होखी. अधिकारियन का बारे में अबहीं कवनो फैसला नइखे लिहल गइल बाकि जल्दिये ओही दिसाईं कुछ फैसला होइये जाई. साल १९९९ में सुशील मोदी एह माँग के लेके अनशन पर बइठल रहलें जब ऊ विपक्ष के नेता रहलन. बिहार में १९८३ में एगो भ्रष्टाचार उन्मूलन अधिनियम बनल रहे बाकिर लागू ना हो पावल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts