यूपी आईटीआई में पचासी फीसदी आरक्षण

उत्तरप्रदेश सरकार काल्हु कैबिनेट बइठका में फैसला लिहलसि कि आईटीआई में अब पचासी फीसदी सीट आरक्षित रही. पहिले ई सीमा साठ फीसदी के रहे. एह पचासी फीसदी में सत्तर फीसदी सीट अनुसूचित जाति आ जनजाति खातिर आ पन्द्रफ फीसदी सीट पिछड़ा वर्ग खातिर रही. काल्हु के कैबिनेट में इहो तय कइल गइल कि जालौन, कन्नौज, सहारनपुर, आ अंबेदकर नगर के मेडिकल कालेज सरकार खुद चलाई. पहिले एकरा के निजी क्षेत्र के देबे के बाति चलत रहुवे.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..