यूपी के सूबेदार बनि के लवटिहें उमा भारती

चरचा बा कि भाजपा से रुस के निकलल उमा भारती फेर से भाजपा में लवटे वाला बाड़ी आ अबकी उनका के यूपी सूबा के जिम्मेदारी दिहल जाई. यूपी में भाजपा बहुते कमजोर हो गइल बिया आ ओकरा पाछा एहिजा के बड़का नेतवन के आपसी लड़ाई बा. अब एह लड़ाई का बीच बाहर से थोपाइल उमा भारती कवन आ कतना चमत्कार कर पइहें ई देखे लायक बाति होखी.
उमा भारती के लवटे के बाति अबकी लालकृष्ण आडवाणी खुदे चलवले बाड़न. कहलें कि गडकरी एह सिलसिला में उनका से बतियवले बाड़न. आडवाणी जसवन्त सिंह से बतियवलें त ऊ खुशी खुशी वापिस आ गइल बाड़न आ अपना काम में जोर शोर से लाग गइल बाड़े. उमा भारती से गडकरी अपने बतियवले आ ओकरा बाद उमा उनुका से, आडवाणी से, बतियवली आ उनका सलाह पर यूपी भाजपा के मजबूत करे खातिर राजी हो गइल बाड़ी.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।