दिग्विजय सिंह झूठ बोलत बाड़े
-

काल्हु कांग्रेस के महासचिव दिग्वजय सिंह कहले रहलें कि मरे से कुछ घंटा पहिले हेमन्त करकरे उनका के फोन करके कहले रहलें कि उनका जान के हिन्दू उग्रवादियन से खतरा बा. आजु हेमन्त करकरे के पत्नी कविता करकरे कहले बाड़ी कि दिग्विजय सिंह झूठ बोलत बाड़े. हेमन्त अइसनका कवनो फोन नइखन कइले आ वोट खातिर उनका पति के शहादत के मजाक उड़ावल बन्द होखे के चाहीं.

दिग्विजय सिंह अपना वोट बैंक पालिटिक्स का कारण हर उग्रवादी के गोड़ धो के पी सकेलें बशर्ते ऊ वोट बैंक वाला समुदाय के होखे. कुछ दिन पहिले ऊ बटाला काण्ड के अभियुक्तन के पक्ष में बयान दिहले रहलें. एहसे दिग्विजय सिंह के बात के गंभीरता से लिहला के जरुरत नइखे कविता जी. ई जवन जनता है नू तवन सब कुछ बुझती है !

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts