यूपी के स्वास्थ्य विभाग के बदहाली
-

यूपी के स्वास्थ्य विभाग के बदहाली के हाल ई बा कि खुद स्वास्थ्य मंत्री अनन्त कुमार मिश्र के कहना बा कि राज्य में तेरह हजार डाक्टरन के कमी बा आ मुश्किल से आठ हजार डाक्टर मिलल बाड़े. संविदा के वेतनमान बढ़वला का बावजूद नक्सल प्रभावित इलाकन में डाक्टर नइखन भेंटात. ऊह इलाका में संविदा भुगतान दू हजार रुपिया रोजाना के बा. हालांकि स्वास्थ्य मंत्री इहो कहले कि प्रदेश में डेंगू आ चिकनगुनिया के इलाज सभतर मौजूद करा दिहल गइल बा. स्वास्थ्य सेवा में सुधार में सरकार लागल बिया आ आपरेशन थियेटरन में मौजूद सुविधा अउरी बढ़ावल जा रहल बा. मंत्री जी कहलन त ना बाकिर जिला अस्पतालन के हालत ई बा कि जवन उपकरण मौजूद बा तवना के इस्तेमाल नइखे होत काहे कि ओकरा खातिर प्रशिक्षित चिकित्सके नइखन. उदाहरण खातिर बलिया जिला अस्पताल में दूरबीन से पित्ताशय के आपरेशन के सगरी सुविधा मौजूद बा बाकिर ओकरा योग्य चिकित्सक नइखन.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts