यूपी के १३० विद्यालयन में बी॰टी॰सी॰ पाठ्यक्रम के मान्यता ना मिली

नेशनल काउंसिल आफ टीचर्स एजुकेशन के टीम उत्तर प्रदेश के कई गो विद्यालयन के दौरा में देखलसि कि ऊ सभ गलत जानकारी दे के सरकार के शिक्षा विभाग से अनापत्ति प्रमाणपत्र ले लिहले बाड़े जबकि ओह विद्यालयन में मूलभूत सुविधा हइये नइखे. अइसनका १३० गो विद्यालयन के बी॰टी॰सी॰ पाठ्यक्रम के मान्यता ना दिहल जा सके. ई स्कूल इलाहाबाद, कौशाम्बी, प्रतापगढ़, भदोही, वाराणसी, मऊ, गोरखपुर, देवरिया, गाजीपुर, कानपुर, एटा, लखनऊ, बाराबंकी, आगरा, मेरठ, आ शाहजहाँपुर में बाड़े. अब एह स्कूलन का खिलाफ कार्यवाही करे के संस्तुति कइल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।