राजद विधायक के समर्पण का बाद डाक्टरन के हड़ताल खतम
-

गया के राजद विधायक सुरेन्द्र यादव शुक का दिने गया में मुख्य न्यायायिक दण्डाधिकारी का सोझा समर्पण कर दिहले. एकर जानकारी मिलला का बाद राज्य के मेडिकल कालेज अस्पतालन के जूनियर डाक्टर आपन हड़ताल खतम कर दिहले. एह दौरान मुख्यमंत्री से मिले गइल डाक्टरन के शिष्ट मण्डल के मुख्यमंत्री आश्वासन दिहले कि मेडिकल प्रोफेशनल प्रोटेक्शन एक्ट के हर पहलू के बढ़िया से अध्ययन कर के ओकरा के लागू करावे के कोशिश कइल जाई. स्वास्थ्य मंत्री अश्विनी कुमार चौबे आम जनता से आग्रह कइले बाड़न कि डाक्टर के इज्जत करीं सभे आ इलाज का दौरान ओह लोग से सहयोग करीं.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts