यूपी के ४९ जिला पंचायत अध्यक्षन के चुनाव पूरा

१२ दिसम्बर का दिने यूपी के ४९ गो जिला पंचायत में अध्यक्ष के चुनाव करावल गइल. जवना में अधिकतर जगहा बसपा समर्थित उम्मीदवार जीतल बाड़े. महाराजगंज में भाजपा के धरना देवी, जौनपुर में बसपा के अनीता सिद्धार्थ, छत्रपति शाहूजी महाराज नगर में कांग्रेस के कमला सरोज, प्रतापगढ़ में बसपा के प्रमोद मौर्य, मऊ में जनवादी पार्टी के सुनील सिंह चौहान, संतकबीर नगर जिला में बसपा के पूनम देवी, संतरविदास नगर भदोही में बसपा के श्यामला देवी, सुल्तानपुर से बसपा के सीताराम वर्मा, बस्ती से बसपा के लता देवी, फैजाबाद से सपा के मीना गुप्ता, गोण्डा से सपा के विजयलक्ष्मी सिंह, इलाहाबाद में बसपा के केसरी देवी पटेल, फतेहपुर में बसपा के राजकुमार मौर्य, आ बलिया से बसपा के रामधीर सिंह जीतल बाड़े. बाइस गो चेयरमैन पहिलही निर्विरोध चुनल जा चुकल बाड़े.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..