सोनिया गाँधी आजु अपना सांसदन से बतियइहें
-

टूजी स्पेक्ट्रम घोटाला का चलते संसद के पूरा सत्र बेकार गइला का बाद आजु कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गाँधी अपना सांसदन से बात करीहें आ शायद विपक्ष के हमलावर तेवर के जवाब देबे के कोशिश करीहें. पुरा सत्र के दौरान सोनिया गाँधी भा मनमोहन सिंह चुप्पी सधले रहल आ मनमोहन के चुप्पी टूटबो कइल त ई कहे खातिर कि जेपीसी से घोटाला के जाँच ना करावल जाई. अब शायद सोनियो उहे बात दोहरइहन कि कइसे विपक्ष संसद के चले नइखे देत जबकि कांग्रेस हर मुद्दा पर बहस खातिर तइयार बा. बिहार विधानसभा चुनाव में मिलल करारी हारो पर कुछ कह सकेली कि राहुल के लाख प्रयासो का बाद बिहार के कांग्रेस के कमजोरी का चलते जनसमर्थन के वोट में ना बदलल जा सकल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts