नीरा यादव के जमानत मिलल
-

नोएडा जमीन घोटाला में चार साल के सजा पा चुकल यूपी के पूर्व मुख्य सचिव नीरा यादव के इलाहाबाद हाई कोर्ट से जमानत मिल गइल बा. एही मामिला में दोसर सजायाफ्ता अशोको चतुर्वेदी के संगही जमानत मिल गइल. नीरा यादव कई मामिला में खास बाड़ी. आईएएस एसोसिएशन एक बेर उनका के सबले भ्रष्ट अधिकारी चुनले रहुवे. सुप्रीम कोर्ट उनका के भ्रष्ट मानत मुख्य सचिव का पद से हटवा दिहले रहुवे. नीरा यादव मुलायम सिंह सरकार का जमाना में मुलायम के खासमखास रहली.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts