यूपी चुनाव में भोजपुरी ला संवैधानिक मान्यता के मुद्दा

discussingBhojpuriManojTiwariMPandAjitDubey
भोजपुरी समाज, दिल्ली का तरफ से बोलावल एगो अनौपचारिक मुलाकात में भोजपुरी भाषी सांसदन आ पत्रकार लोग जुटल. एह मुलाकात से राय निकलल कि यूपी विधानसभा के अगिला बरीस होखे जात चुनाव में मुद्दा बनवला क जरुरत बा. बइठक में भोजपुरी समाज, दिल्ली के अध्यक्ष अजीत दूबे आ भाजपा सांसद मनोज तिबारी के सक्रिय भागीदारी रहल.

सभे देखत बा कि कवना तरह पंजाब चुनाव में पंजाबी भाषा के मुद्दा उछाल के केजरीवाल एकरा के अपना चुनावी फायदा ला इस्तेमाल करत बाड़न. अइसहीं भोजपुरियनो क मनसा बा कि भोजपुरी भाषा के संवैधानिक मान्यता के यूपी का चुनाव में मुद्दा बनावल जाय. पूर्वांचलियन के लागत बा कि एह पर बड़हन दबाव बनवला से भोजपुरी के मान्यता दिआवे के आन्दोलन अपना मुकाम प चहुँप जाई.

अबकी का संसद में नाहियो त 70 गो भोजपुरिया सांसद बाड़ें आ भोजपुरी के मान्यता दिआवे के वादा कर चुकल भाजपा के अब आपन वादा पूरावे के ईमानदारी देखावे के समय आ गइल बा. भोजपुरी इलाका वाराणसी से सांसद आ देश के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी का ओर भोजपुरिया आशा से तिकवत बाड़ें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।