यूपी चुनाव में भोजपुरी ला संवैधानिक मान्यता के मुद्दा

discussingBhojpuriManojTiwariMPandAjitDubey
भोजपुरी समाज, दिल्ली का तरफ से बोलावल एगो अनौपचारिक मुलाकात में भोजपुरी भाषी सांसदन आ पत्रकार लोग जुटल. एह मुलाकात से राय निकलल कि यूपी विधानसभा के अगिला बरीस होखे जात चुनाव में मुद्दा बनवला क जरुरत बा. बइठक में भोजपुरी समाज, दिल्ली के अध्यक्ष अजीत दूबे आ भाजपा सांसद मनोज तिबारी के सक्रिय भागीदारी रहल.

सभे देखत बा कि कवना तरह पंजाब चुनाव में पंजाबी भाषा के मुद्दा उछाल के केजरीवाल एकरा के अपना चुनावी फायदा ला इस्तेमाल करत बाड़न. अइसहीं भोजपुरियनो क मनसा बा कि भोजपुरी भाषा के संवैधानिक मान्यता के यूपी का चुनाव में मुद्दा बनावल जाय. पूर्वांचलियन के लागत बा कि एह पर बड़हन दबाव बनवला से भोजपुरी के मान्यता दिआवे के आन्दोलन अपना मुकाम प चहुँप जाई.

अबकी का संसद में नाहियो त 70 गो भोजपुरिया सांसद बाड़ें आ भोजपुरी के मान्यता दिआवे के वादा कर चुकल भाजपा के अब आपन वादा पूरावे के ईमानदारी देखावे के समय आ गइल बा. भोजपुरी इलाका वाराणसी से सांसद आ देश के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी का ओर भोजपुरिया आशा से तिकवत बाड़ें.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..